काँग्रेस आपन गठबंधन के दलन संगे 17 अगस्त से बिहार में “वोटर अधिकार यात्रा” शुरू करे जा रहल बा. ई यात्रा 16 दिन ले चली।
काँग्रेस नेता पवन खेड़ा कहलन –
“आजाद भारत में लोग आजादी से साँस ले रहल बा काहे कि वोट देवे के अधिकार बा. बाकिर बीजेपी फर्जी तरीका से वोट जोड़ रहल बा आ असली मतदाता के नाम काट रहल बा.”
ओहनी कहलन कि बिहार में जवन “स्पेशल इंटेंसिव रिवीजन” (SIR) चलल, उहे से ई सब गड़बड़ी खुल के सामने आइल. एतना खराब हालात हो गइल कि अब सुप्रीम कोर्ट के दखल देवे के पड़ल.
पवन खेड़ा आगे कहलन –
“षड्यंत्र खाली वोट छीनला के ना ह, बलुक गरीब, दलित, अल्पसंख्यक, मजदूर सभे के पहचान छीनला के बा. आज जदी ऊ लोग के वोट अधिकार छीनीं त काल्ह ओही लोग के सरकारी योजना में हिस्सा भी छीनीं.”
एही यात्रा पर तेजस्वी यादव कहलन –
“कल से हमनी सब महागठबंधन के साथी संगे रही. राहुल गांधी भी रहिहें. हमनी कई जिलन में घुमब आ लोगन के जगाइब, जेसे कवनो मतदाता के नाम छूटे मत जाव.”