का बताई अपने जिनगी, साथ अचके छोड़ जाता-शम्श जमील

शम्श जमील, दुबई से

रास्ता आपन मोड़ जाता
सगरी रिश्ता तोड़ जाता

का बताई अपने जिनगी
साथ अचके छोड़ जाता

कतनो जोहिं निमन के
बाउर नाता जोड़ जाता

दुख, बेमारी टेंशन आज
आदमी के निचोड़ जाता

जाँच, दवा आ बिरो के
भंडा सगरी फोड़ जाता

उपर चिकन लउके सभे
भीतर से ही कोड़ जाता

का बताईं अपने जिनगी
साथ अचके छोड़ जाता

इहो पढ़ीं

ताज़ा अपडेट्स