चाँदनी रात में चाँद आइल ह का-मुकेश यादव

प्रेम के गीत भी अब सुनाइल ह का,
चाँदनी रात में चाँद आइल ह का?

उ त आपन कहानी सुनावत बाड़े,
तोहके आपन कहानी बुझाइल ह का?

काहें धड़कता जियरा सम्हार एके,
बात कवनो हिया में समाइल ह का?

चेहरा काहें गुलाबी-गुलाबी भइल,
कवनो सपना तोहार रंगाइल ह का?

सब मुकम्मल भइल अब ख़्वाब त,
लोढ़ा से जिनगी परिछाइल ह का?

इहो पढ़ीं

ताज़ा अपडेट्स