कुल के मान बढ़ाई बेटी-नूरैंन अंसारी

जब करीं खूब पढ़ाई बेटी
कुल के मान बढ़ाई बेटी

जरूरत पड़ी त सीमा पर
दुश्मन के धूल चटाई बेटी

बन के दुर्गा, बन के लक्ष्मी
दुशासन के निपटाई बेटी

घर , ससुरा , नईहर सब
फूल नियन महकाई बेटी

कहीं पत्नी,कही माँ-बहिन
हई केतना परछाई बेटी

दुख सुख में अइहेन कामे
मत कहीं हई पराई बेटी

इहो पढ़ीं

ताज़ा अपडेट्स