होला ना असर जब कौनो दवाई के
तब करे ला दुआ काम माई के,,
माई के ममता से चलत संसार बा
सबके प्यार से ज्यादा नौ महीना माई के प्यार बा
मिलेला सुकून आचरा के सुख पाई के
करे ला दुआ ,,,
दुख,दर्द सब सहे ली माई
आवे ना आंच बबुआ पर हमरा
जीउतिया में भूखे दिन रात रहे ली माई
की परे ना साया कौनों कसाई के
करे ला दुआ ,,,
चरण में नमन बा अईसन महान के
देले बा जन्म जे खुद भगवान के
असान नइखे लिखल माई के ममता के बढ़ाई के
करे ला दुआ,,,
करी रउआ पर केहू केतनो भलाई
माई के दर्जा ना ले केहू पाई
माई के जे भूली उ करी काम कसाई के
काहे की करे तो दुआ काम माई के