back to top

संसार के बाजार में – रिशु कुमार गुप्ता

पढ़ल जाव

‘द गेस्ट रूम’ मे मिलिए भोजपुरी कवि नूरैन अंसारी से

'द गेस्ट रूम' कार्यक्र्म का पहला एपिसोड 21 फरवरी...

जनता का फैसला स्वीकार, बीजेपी को बधाई – अरविंद केजरीवाल

आम आदमी पार्टी के संयोजक अरविंद केजरीवाल ने दिल्ली...

26 जनवरी के सम्पन्न भइल भोजपुरी माटी कवि सम्मेलन

26 जनवरी गणतन्त्र दिवस के शुभ अवसर पर 'पुरवइया...

रसे-रसे महुवा फुलाइल हो रामा-अशोक द्विवेदी

रसे-रसे महुवा फुलाइल हो रामा उनुका से कहि दऽ। रस देखि...

संसार के बाजार में
ए मनई का का बेचाता?

सांच बेचाता झूठ बेचाता
पाखंड में पड़िके जूठ बेचाता,

कौड़ी भावे काम बेचाता
नींद चैन आराम बेचाता

मान शान सम्मान बेचाता
थोड़की में इमान बेचाता

इज्जत आबरु सब बेचाता
धरम जात मजहब बेचाता

कंठ बेचाता आवाज बेचाता
दिल अउरी दिमाग बेचाता

मजबूरी लाचारी बेचाता
केहू के होशियारी बेचाता

प्यार मोहब्बत जज्बात बेचाता
संयम, क्षमता औकात बेचाता

देखऽ नोट प भोट बेचाता
आदमी गोटे गोट बेचाता

परिवार संगे मकान बेचाता
दुआर खेत खरिहान बेचाता

सुनऽ मनई रिशु के कहनाम
तेरह के भाव में जान बेचाता

जियरा अपनो जार के देखीं – शम्स जमील

जियरा अपनो जार के देखीं खाली जेब भी झार...

रसे-रसे महुवा फुलाइल हो रामा-अशोक द्विवेदी

रसे-रसे महुवा फुलाइल हो रामा उनुका से कहि दऽ। रस देखि...

गते-गते दिनवाँ ओराइल हो रामा-अशोक द्विवेदी

गते-गते दिनवाँ ओराइल हो रामा रस ना बुझाइल। अँतरा क कोइलर...

सुझाया गया

दिल लगावे ना आवेला उनका – मनोज भावुक

दिल चुरावे ना आवेला उनका गुल खिलावे ना आवेला उनका बात...

ढेर सांच के माटी में सनल ठीक नइखे-रिशु कुमार गुप्ता

ढेर सांच के माटी में सनल ठीक नइखे,ई झूठ...

जुग बदलल जमाना बदलल – शम्श जमील

जुग बदलल जमाना बदलल मेहर के...

मनई बाऽ मनई के दुश्मन – राम अचल पटेल

मनई बाऽ मनई के दुश्मन यानी.. मनई के तरे...

साँच कहीं तऽ आँच लगेला – राम अचल पटेल

साँच कहीं तऽ आँच लगेला एंह दुनिया के झूठ...