आर्मी कैम्प आ सेना के बचाव दल के एगो हिस्सा भी ई आपदा से प्रभावित भइल बा-सेना

आज करीब 1:45 बजे, धराली गाँव के पास, हर्षिल में भारतीय सेना कैम्प से करीब 4 किलोमीटर दूर, एगो भूस्खलन हो गइल।

#IndianArmy तुरत कार्रवाई में जुट गइल आ 150 जवानन के टीम के सिर्फ़ 10 मिनट में घटनास्थल पर पहुँचा के बचाव अभियान सुरू कर देहल गइल।

अबले 20 से अधिक नागरिकन के सुरक्षित निकालल जा चुकल बा। घायल लोग के हरसिल स्थित भारतीय सेना के मेडिकल सुविधा में समय पर आ असरदार इलाज मिल रहल बा।

बाकी फँसल लोग के खोज आ बचाव खातिर पूरा संसाधन लगावल गइल बा। भारतीय सेना पूरी तरह से प्रतिबद्ध बा कि पीड़ित लोग के हर तरह से मदद आ सहयोग दे सकी।

इहो पढ़ीं

ताज़ा अपडेट्स