ऑपरेशन सिंदूर (Operation Sindoor) के दौरान पाकिस्तानी एयर फोर्स (Pakistani Air Force) के केतना जेट्स मार गिरावल गइल रहे? ई उ सवाल ह जवन की ऑपरेशन के बाद से ही चर्चा के विषय बनल रहे। जब तीनों सेना के संयुक्त प्रेस कोन्फ्रेंस भइल रहे तब एयर मार्शल एके भारती (Air Marshal AK Bharti) कहले रहलन कि पाकिस्तान के कुछ ‘हाई टेक’ जेट्स के मार गिरावल गइल बा। लेकिन ओह समय कवनों आकड़ा ना रहे। लेकिन अब ओह सब से पर्दा हट चुकल बा आ इंडियन एयर फोर्स (Indian Air Force) के चीफ एयर चीफ मार्शल एपी सिंह (Air Chief Marshal AP Singh) एगो कार्यक्रम मे बतवलन कि हमने क केतना पाकिस्तानी जेट्स के मार गिरवले रहनी जा।
9 अगस्त के दिन एयरफोर्स एसोसिएशन, कर्नाटक द्वारा आयोजित एगो कार्यक्र्म मे एयर चीफ मार्शल एपी सिंह बतौर मुख्य अतिथि शामिल भइलें। बेंगलुरु के HAL ऑडिटोरियम मे आयोजित एह कार्यक्र्म मे एयर चीफ मार्शल एपी सिंह बतवलें कि ऑपरेशन सिंदूर के दौरान कुल 6 गो पाकिस्तानी जेट्स के मार गिरावल गइल रहे।