Support to Purvaiya

दिल लगावे ना आवेला उनका – मनोज भावुक

दिल चुरावे ना आवेला उनका
गुल खिलावे ना आवेला उनका

बात के त लगा लेलें दिल से
दिल लगावे ना आवेला उनका

जान से जादा चाहेलें हमके
ई बतावे ना आवेला उनका

साध लागेला हमरो कि रुसीं
पर मनावे ना आवेला उनका

बाड़े गजबे छलक जालें कतहूं
गम छुपावे ना आवेला उनका

सब पे विश्वास कर लेलें भावुक
आजमावे ना आवेला उनका

यह भी पढ़ें

बचपन के अलगे जमाना रहे – नूरैन अंसारी

बचपन के अलगे जमाना रहे ना आपन, ना केहु बेगाना...

नज़री से ही सबके मुआवल जाता-मुकेश भावुक

नज़री से ही सबके मुआवल जाता, बात केकरा से अब...

जीये खातिर तिले तिले मरे के पड़ल -नूरैन अंसारी

कबो धूप कबो आग में जरे के पड़ल जीये...

सुझाया गया