26 जनवरी के सम्पन्न भइल भोजपुरी माटी कवि सम्मेलन

26 जनवरी गणतन्त्र दिवस के शुभ अवसर पर ‘पुरवइया डॉट कॉम’ की तरफ से एगो विशेष कवि सम्मेलन के आयोजन कईल गइल। कवि सम्मेलन भोजपुरी मे रहे और 26 जनवरी रात 9 बजे से शुरू भइल आ फेसबुक, यूट्यूब के अलावा ‘पुरवइया’ पर भी लाइव उपलब्ध रहल।

‘माटी कवि सम्मेलन’ भोजपुरी के नवहा कवि लोगन से सजल रहल। एह मे भोजपुरी के सुप्रसिद्ध कवि नूरैन अंसारी के अलावा शम्स जमील, रिशु कुमार गुप्ता,जियाउल हक, संतोष विश्वकर्मा,तबारक अंसारी के साथ साथ ‘पुरवइया’ के संस्थापक मुकेश यादव ‘भावुक’ भी आपन रचना सुनवले।

भोजपुरी के सबसे बड़हन पोर्टल ‘पुरवइया डॉट कॉम’ ‘माटी कवि सम्मेलन’ के आधिकारिक मीडिया पार्टनर रहे। कार्यक्रम के लाइव प्रसारण शम्स जमील के फेसबुक पेज से भइल और ‘पुरवइया डॉट कॉम’ के फेसबुक पेज , यूट्यूब चैनल, आ वेबसाइट पर लाइव आ पुनः प्रसारण खातिर उपलब्ध रही.

‘पुरवइया डॉट कॉम’ एह कार्यक्रम के पुनः प्रसारण बुधवार 29 जनवरी के दिन मे 1 बजे और रात 8 बजे फिर से अपना पोर्टल आ फेसबुक पेज के अलावा यूट्यूब चैनल पर करी।

Share this post: