प्रेम के गीत भी अब सुनाइल ह का,
चाँदनी रात में चाँद आइल ह का?
उ त आपन कहानी सुनावत बाड़े,
तोहके आपन कहानी बुझाइल ह का?
काहें धड़कता जियरा सम्हार एके,
बात कवनो हिया में समाइल ह का?
चेहरा काहें गुलाबी-गुलाबी भइल,
कवनो सपना तोहार रंगाइल ह का?
सब मुकम्मल भइल अब ख़्वाब त,
लोढ़ा से जिनगी परिछाइल ह का?