दोष केहु के ना ह कर्म खेल ह-किरन शर्मा

दोष केहु के ना ह कर्म खेल ह
त हरदम रटवला से का फायदा

ई देहिया के पंचतत्व से बनवलस विधना
अपना मर्जी के दियना जलवलस विधना

बुझल दीया के फेरू एकबार अब
बताईं जलावला से का फायदेमंद
दोष केहु के ना ह करम खेल ह
त हरदम रटवला से का फ़ायदा

जीयन मरन के एके राह बनवलस विधना
जाती आ धर्म के पाठ ना पढवलस विधना

रउवे बताई हम बड तु छोट मे
ई समय गववला से का फायदा
दोष केहू के ना ह करम खेल ह
त हरदम रटावला से का फायदा

इहो पढ़ीं

ताज़ा अपडेट्स