पर भारत विशेष बहुत बा-नूरैन अन्सारी 

दुनिया में त देश बहुत बा.
पर भारत विशेष बहुत बा.

रंग बहुत बा रूप बहुत बा,
धर्म, भाषा प्रदेश बहुत बा.

जेतना रवुवा जानत बानीं,
वो से ज़्यादा शेष बहुत बा.

विश्व मनवता के ख़ातिर,
दिहल गइल संदेश बहुत बा.

गौतम नानक के धरती पर,
सत्य अहिंसा शेष बहुत बा.

सबसे ऊँचा लहरी तिरंगा,
भले अम्बर में रेस बहुत बा.

इहो पढ़ीं

ताज़ा अपडेट्स