उत्तराखंड के उत्तरकाशी में मंगल का दिने बादल फाटे से हरसिल इलाका में खीर गंगा गदेरे (गहिरा खाई या नाला) के पानी के सतह बढ़ गइल, जवना से धराली में भारी नुकसानी भइल बा।
उत्तराखंड के मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी एक्स पर पोस्ट करके ई घटना पर दुख जतवलन। ऊ कहलन कि एह संबंध में उ वरिष्ठ अधिकारी लोग से लगातार संपर्क में बाड़न आ स्थिति के बारीकी से निगरानी कइल जा रहल बा।

सीएम धामी न्यूज एजेंसी एएनआई से कहलन, “बादल फाटे के खबर मिलल बा। पानी के संग बहुत तेज रफ्तार से मलबा आइल बा। हमनी के कोशिश बा कि जल्द से जल्द राहत आ बचाव के काम शुरू कइल जाव। जिला प्रशासन के लोग ओहिजा पहुंचत बा।”
सीएम धामी कहलन, “एनडीआरएफ, एसडीआरएफ आ आपदा प्रबंधन विभाग लगातार कोशिश करत बा। हमनी के सबसे पहिला प्राथमिकता बा कि सभे के बचावल जाव आ हर तरीका से जान-माल के सुरक्षा सुनिश्चित कइल जाव।”

कुछ नया अपडेट भी जल्द जोड़ल जाई।