हमार नाम जमील मीर ह। हम उत्तर प्रदेश के कुशीनगर जिला के कसया के रहे वाला हईं। फिलहाल जीविकोपार्जन खातिर सऊदी अरब के दम्माम शहर में एगो छोट नौकरी करत बानी।
हमार जनम एगो गरीब परिवार में भइल। शुरुआती शिक्षा आ हाई स्कूल अउरी इंटरमीडिएट के पढ़ाई हम बुद्ध इंटर कॉलेज, कुशीनगर से पूरा कइनी। आगे स्नातक के पढ़ाई एस. एस. विलायत हुसैन डिग्री कॉलेज, सीतापट्टी (देवरिया) से करत रहनी, बाकिर परिवार के आर्थिक परिस्थिति आ घर के जिम्मेदारियन के चलते पढ़ाई बीच में छोड़ के रोजी-रोटी के तलाश में परदेस जाए के पड़ल।
हमार जीवन संघर्ष, जिम्मेदारी आ सपना के बीच आगे बढ़त रहल बा। कविता आ गजल लिखे के शुरुआत हम आठवीं कक्षा से ही कर देले रहनी। साहित्य हमरा खातिर खाली अभिव्यक्ति के माध्यम नइखे, बल्कि अपना मन के भाव, जीवन के अनुभव आ समाज के सच्चाई के शब्द देवे के एगो जरिया भी बा।
आज हम अपना गुरुजन के आशीर्वाद, साहित्यप्रेमी लोग के स्नेह आ पाठकन के प्यार खातिर हृदय से आभारी बानी। हमार कोशिश बा कि अपना रचनन के माध्यम से समाज के अनुभव, आम आदमी के पीड़ा आ जीवन के सच्चाई के आवाज दे सकीं।