बिहार के रोहतास जिला के सासाराम शहर के निवासी विजया श्रीवास्तव जी एगो कुशल गृहणी आ संगीत एवं साहित्य के प्रति विशेष रुचि रखे वाली प्रतिभाशाली महिला हईं। उहाँ के शिक्षा स्नातकोत्तर (M.A.) लेबर एंड सोशल वेलफेयर में भइल बा। संगीत के क्षेत्र में चंडीगढ़ विश्वविद्यालय से संगीत विशारद के उपाधि प्राप्त कइले बाड़ी।
संगीत सुनल, गावल, कविता लिखल आ तरह-तरह के स्वादिष्ट व्यंजन बनावल उहाँ के प्रिय शौक बा। संगीत आ साहित्य से जुड़ाव उहाँ के रचनात्मक व्यक्तित्व के सुंदर पहचान ह।