आ हमरा बात से
कुछ लोगन के
लाग जाई मरचाई
बाकी का कहीं मजबूरी
कहला बिना रहलो ना जाई
भोजपुरी बोले, भोजपुरी लिखे
आ भोजपुरी गावे में
काहे लोग समझेला
आपन हिनाई
जब बीच सड़क पर
होखेला नांग नाच
त देखे आ सुने में
ना होखे जग हंसाई

कवना बात के लाज भाई
माई के कहे में माई
भोजपुरिए माटी ह
हमनी के दवाई
आ भोजपुरिए ह
हमनी के बाप आ माई
आ बापे-माई के सेवा से
हमनी के जिनगी खेवाई