बिसलेरी के पानी के गुणवत्ता पर उठल सवाल के बाद कंपनी आपन सफाई देले बिया। भारतीय खाद्य सुरक्षा एवं मानक प्राधिकरण (FSSAI) के नोटिस जारी करे के खबरन पर कंपनी एक्स (X) पर पोस्ट करके पूरा मामला बतवले बिया।
कंपनी के कहनाम बा कि ई मामला करीब 14 महीना पुरान बा। सितंबर 2025 में गोवा में मौजूद कंपनी के एगो प्लांट में पानी के एक बैच के जांच भइल रहे। बता दीं कि ई प्लांट कंपनी के कुल 143 प्लांट में से एगो ह।
30 सितंबर 2025 के FSSAI एह प्लांट से पानी के छह गो सैंपल लेले रहे। शुरुआती जांच में पांच गो सैंपल तय मानक पर खरा उतरले। हालांकि, छठवां सैंपल में ब्रोमेट के मात्रा 12 माइक्रोग्राम प्रति लीटर मिलल, जबकि एकर तय सीमा 10 माइक्रोग्राम प्रति लीटर बा।
एह जांच के नतीजा के खिलाफ बिसलेरी 22 नवंबर 2025 के अपील कइलस। एकरा बाद FSSAI सैंपल के दोबारा जांच खातिर रेफरल लैब भेजलस। कंपनी के मुताबिक, दोबारा जांच में ब्रोमेट के मात्रा तय सीमा के भीतर मिलल। हालांकि, लैब सैंपल में पॉलीन्यूक्लियर एरोमैटिक हाइड्रोकार्बन (PAHs) के मौजूदगी के बात भी बतवलस।
दुनो जांच के नतीजा में अंतर देख कंपनी ओही सैंपल के जांच FSSAI से मान्यता प्राप्त एगो अउरी लैब में करववलस। एहिजो ब्रोमेट के मात्रा तय सीमा के भीतर मिलल।
बिसलेरी के मुताबिक, कंपनी 2 फरवरी 2026 के आपन जांच रिपोर्ट FSSAI के पश्चिमी क्षेत्रीय कार्यालय में भेज देले रहे। बाकिर एकरा बाद विभाग के ओर से कवनो जवाब ना आइल। कंपनी के लागल कि मामला बंद हो गइल बा।
कंपनी के कहनाम बा कि ओकरा अब तक ईमेल भा हार्ड कॉपी के जरिए कवनो नोटिस नइखे मिलल। एतने ना, FSSAI के वेबसाइट पर भी कंपनी एह नोटिस के खोज ना पवले बिया।
बिसलेरी कहलस कि पानी के सुरक्षा ओकरा खातिर सबसे जरूरी बा। कंपनी के दावा बा कि ओकर मैन्युफैक्चरिंग प्रक्रिया के 10 चरण में 90 से जादे तरह के जांच कइल जाला।
कंपनी ईहो कहलस कि ऊ नियामक प्रक्रिया में FSSAI के सहयोग करत रही। साथही बिसलेरी दावा कइले बिया कि ओकर पानी पीए खातिर सुरक्षित बा।