पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
पुरवइया खोज (Search)
उदाहरण: @अमित या /कविता
भोजपुरी साहित्य

हमार घर गाजीपुर ह…

हमार घर गाजीपुर ह, ई खाली एगो गाँव-जिला ना ह,
हमार माटी के खुशबू ह, पुरखन के पहचान ह।
गंगा के निर्मल धारा, खेतन में लहरात धान,
हर गली में अपनापन बा, हर चेहरा में...
24 नवम्बर, 2026 • 3K • 01

हमार घर गाजीपुर ह, ई खाली एगो गाँव-जिला ना ह,
हमार माटी के खुशबू ह, पुरखन के पहचान ह।

गंगा के निर्मल धारा, खेतन में लहरात धान,
हर गली में अपनापन बा, हर चेहरा में मुस्कान।

ई धरती मंगल पांडेय के, ई धरती वीरन के शान,
जहवाँ जन्म लिहलें वीर सपूत, बढ़वलें देश के मान।

ना दिल्ली के चकाचौंध चाहीं, ना मुंबई के बाजार,
हमरा खातिर सबसे सुंदर बा, गाजीपुर के संसार।

इहाँ के बोली में मिठास बा, बतकही में रसधार,
दुःख में साथ खड़ा हो जाला, इहाँ के हर परिवार।

कबहूँ परदेस में मन उदास होखे, आँख खोजे गाँव के राह,
तब याद आवे गंगा किनारे, माई के आँचर के छाँह।

लोग पूछेला कहाँ के हउआ, हम सीना तान के कहीं,
ना पहचान के मोहताज बानी, ना कवनो परिचय के आस कहीं।

हमार जड़ गाजीपुर ह, हमार गर्व गाजीपुर ह,
हम जहाँ कहीं रह जाईं, हमार दिल में गाजीपुर ह
।

कठिन शब्द अउर अर्थ

मुकेश यादव "भावुक" की प्रतिक्रिया

पसंद करने वाले लोग

ADVERTISE WITH US

यहाँ अपना विज्ञापन लगाएँ

लोकल बिज़नेस या ब्रांड प्रमोशन के लिए प्लान्स ₹799 से शुरू।

प्लान देखें व बुक करें →