मत पूछीं के आपन बा.
बस खाली विज्ञापन बा.
मतलब के रिश्ता बाटे,
सब तऽ फेर समापन बा.
साल पुरनका रहे बाउर,
कहाँ नया में नयापन बा.
ऊपर से सब हँसत बाड़ें,
मन में बस सूनापन बा.
जात-पात में बटलें लोग,
बचल कहाँ अपनापन बा.
घर बाहर हर जगे लुटास,
जेकरा में सीधापन बा.
नेतवन के तऽ दुनिया में,
प्यारा बस सिंहासन बा.