नेपाल के प्रधानमंत्री बालेन शाह आ भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दिल्ली के हैदराबाद हाउस में मुलाकात भइल। एह दौरान दुनो नेता के बीच द्विपक्षीय बातचीत हो रहल बा।
एकरा से पहिले राष्ट्रपति भवन में नेपाल के प्रधानमंत्री बालेन शाह के औपचारिक स्वागत कइल गइल। एह मौका पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भी मौजूद रहलें। बालेन शाह के गार्ड ऑफ ऑनर देके सम्मानित कइल गइल।
राष्ट्रपति भवन में दुनो देश के प्रधानमंत्री भारतीय आ नेपाली प्रतिनिधिमंडल के सदस्यन से भी मुलाकात कइलें।
एकरा बाद बालेन शाह दिल्ली के राजघाट पहुंचलें आ महात्मा गांधी के समाधि पर श्रद्धांजलि अर्पित कइलें। न्यूज एजेंसी एएनआई अपना एक्स अकाउंट पर एह मौका के वीडियो भी पोस्ट कइले बिया।
विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल एक्स पर जानकारी देत बतवलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी नई दिल्ली के हैदराबाद हाउस में नेपाल के प्रधानमंत्री बालेंद्र शाह के स्वागत कइलें।
जायसवाल के मुताबिक, दुनो नेता भारत-नेपाल संबंध के अलग-अलग पहलुअन पर विचार साझा करीहें। साथही, द्विपक्षीय सहयोग के अउरी मजबूत बनावे खातिर नया रास्ता पर भी चर्चा करीहें।