हमरा परिचय पूछब त बस एतने बुझीं, हम ओह माटी के हईं जहाँ गरीबी मेंहमान हो सकेले, बाकिर स्वाभिमान कबहूँ गरीब ना होला।हमरा गाँव के गली में धूर जरूर उड़ेला, बाकिर ओही धूर में कतना सपना के पहिचान बसल बा।हम ऊ भाषा बोलिले, जेकरा में माई के दुलार बा, बाबा के डाँट बा, प्रेमी के इंतजार बा आ बिरहा के हजारों साल पुरान आवाज बा।हमरा लगे महल नइखे, बाकिर एगो अँगना के याद बा। दुनिया जीते के चाह नइखे, बाकिर अपना माटी के मान बचावे के जिद जरूर बा।हमरा से अंग्रेजी में हमार औकात मत नापीं, हमरा बोली में इतिहास बा, संस्कार बा, संघर्ष बा।हम भोजपुरिया हईं साहेब, हमार पहचान कवनो भाषा से छोट नइखे… हमरा माटी के खुशबू केहू के इजाजत के मोहताज नइखे!
