पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
भोजपुरी गीत

छूट गइल गउँवा जवार रे माईं

खेत-खलिहान बाखार रे माईं
छूट गइल गउँवा जवार रे माईं

15 नवम्बर, 2026 • 12.9K

खेत-खलिहान बाखार रे माईं
छूट गइल गउँवा जवार रे माईं

बिहाने चिरई चुरूंग के बोलल
खेत सरसों के झूम के डोलल

भावे ना कतनो मिश्री आ मेवा
जब सतुआन के होखे कलेवा

बड़ी ललचावे उ बरी आ बोजा
साँझी के आवे जब अपना सोझा

चिउरा आ मिठा से प्रीत उहे बा
ओसाई पिशाई के गीत उहे बा

आज भी उ इयाद बड़ी आवेला
चँवरा,चँचर गोयड़ा कछार रे माईं

खेत खलिहान बाखार रे माईं
छूट गइल गउँवा जवार रे माईं

कठिन शब्द अउर अर्थ

पसंद करने वाले लोग

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट