पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
कविता

हर दिल में जिन्दा रहे प्रेम के पुरवइया

साल बीत गइल, कुछ याद छोड़ गइल,
कुछ हँसी दे गइल, कुछ आँखि भिगो गइल।

16 नवम्बर, 2026 • 970

साल बीत गइल, कुछ याद छोड़ गइल,
कुछ हँसी दे गइल, कुछ आँखि भिगो गइल।
कवनो सपना अधूरा, कवनो पूरा भइल,
समय के एह सफर में बहुत कुछ सिखा गइल।

गाँव के ऊ गलियन में अबहियो बात बा,
माई के अँचरा में लुकाइल जज्बात बा।
बाबूजी के पसीना, खेतन के हरियरी,
माटी के सुगंध में बसल जिनगी हमरी।

कई लोग मिललें, कई लोग छूट गइलें,
कुछ अपना बनलें, कुछ सपना टूट गइलें।
केहू दर्द दे गइल, केहू मरहम लगवलस,
समय अपना ढंग से जिनगी समझवलस।

अब नया साल के देहरी पर ठाढ़ बानी,
नया उम्मीद के दीप मन में बारत बानी।
ना चाहीं महल, ना चाँदी के मीनार,
बस हर घर में रोटी होखे, हर चेहरा पर बहार।

ना केहू भूखल सूते, ना केहू लाचार रहे,
ना बेटी के सपना पर समाज के पहरा रहे।
किसान के खेत में खुशहाली के बिहान होखे,
मजदूर के मेहनत के पूरा सम्मान होखे।

नया साल बस तारीख बदलल ना कहल जाव,
इंसान के सोच में भी बदलाव आव।
नफरत के दीवार अब धीरे-धीरे ढह जाव,
प्रेम आ अपनापन के नया संसार बन जाव।

बीते समय के अब शिकवा ना करब हम,
हर ठोकर से सीख के आगे बढ़ब हम।
माटी से जुड़ल रही, ईहे पहचान रही,
कलम के ताकत से सच के आवाज रही।

आखिर में बस एतने अरमान बा,
हर नया बिहान में इंसानियत के सम्मान बा।
साल बदलो त बदलो दुनिया के नजरिया,
हर दिल में जिन्दा रहे प्रेम के पुरवइया।

कठिन शब्द अउर अर्थ

पसंद करने वाले लोग

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट