चलऽ जवान जागऽ,अब भोर हो गईल ।
देखऽ तनिक ताकऽ , अंजोर हो गईल।
चले के हऽ लमहरा, मंजिल दूर बा ,
चिरईन के सुनऽ लितऽ ,शोर हो गईल ।
निरीखऽ गगन , अंखियां तनी पसार के,
हर तरफ जगमग बेजोड़ हो गईल ।
सूतल छोड़ दिन में ई ठीक ना हवे,
“प्यासा” जे सुतल ,कमजोर हो गईल।