जबसे रावा दिल में बानी
हम त बड़ी मुश्किल में बानी
चारों पहर रहे रउरे फिकिर
करत फिरीं हम कहीं जिकिर,
का बाताईं का फिल में बानी
जबसे रावा दिल में बानी।
सुधि-बुद्धी भुलाईल रामाऽ,
भुखि-पियास हेराईल रामाऽ,
हारल कुल अकिल में बानी
जबसे रावा दिल में बानी।
हम तऽ बडी मुश्किल में बानी।
राति चानवा के ताकत बिते ,
भरमत आंख त सापना निते,
सोझा आप से शील में बानी,
जबसे रावा दिल में बानी।
हम तऽ बडी मुश्किल में बानी।
तन मन धन सब रउरे नावे,
जिनगी बीती ओहि ठावें ,
सब रिश्ता-नाता देई ढील में बानी,
जबसे रावा दिल में बानी,
हम तऽ बडी मुश्किल में बानी।