बड़ा महंगा पड़ल कारोबार इश्क़ के।
राह छोड़े के पड़ी हमरा यार इश्क़ के।
ना नीक लागे खाना, ना चैन के नींद,
लुट लेहलस हमके बाजार इश्क़ के।
कवनो सुई दवाई ना काम करी उनका,
जे हो गइल बाटे बीमार इश्क़ के।
जहवाँ देखीं सुनीं होता चरचा एकर,
हर गली बाड़े आशिक़ हजार इश्क़ के।
कुछ ना लागे अच्छा सिवा महबूब के,
सर पऽ चढ़ेला जब बुखार इश्क़ के।
मत पूछऽ उ पल केतना मुश्किल होला,
दर्द होला जब दिल में बेशुमार इश्क़ के।
कमली जहिया गिरबअ तू मुँह के भरे,
ओहि दिन उतरी तोहर खुमार इश्क़ के।