भोजपुरी सिनेमा के ‘शेरनी’ कहल जाए वाली अक्षरा सिंह एक बार फिर से इंटरनेट के पारा बढ़ा देले बाड़ी। मामला कवनो नोकझोंक के ना, बलुक उनकरा एगो नया गाना के धमाका के बा। अक्षरा सोशल मीडिया पर अपनी शूटिंग के कुछ फोटो अउर वीडियो शेयर कइली, जवना में ऊ ‘रेड हॉट’ रिवीलिंग ड्रेस में एकदम कयामत ढा रहल बाड़ी।
कल्पना पटवारी के ‘आइकॉनिक’ गाना के नया तड़का
अक्षरा सिंह ए बेर टी-सीरीज (T-Series) के साथ मिल के एगो अइसन गाना लेके आ रहल बाड़ी, जेकरा के कवनो जमाने में मशहूर गायिका कल्पना पटवारी अपनी आवाज से घर-घर में मशहूर कइले रहली। अक्षरा अपनी पोस्ट में दिल खोल के लिखली:
“आज एक आइकॉनिक गाने को नए अंदाज़ में आपके सामने ले आई हूँ… एक अइसन गाना जेकरा के मेरी फेवरेट कल्पना पटवारी जी अपनी आवाज़ से अमर बना देले रहली। हम ओकरा के आज के टाइम के हिसाब से अपने स्टाइल में रीक्रिएट करे के कोशिश कइले बानी।”
पैर टूट गइल, बाकिर मेहनत में कमी ना आइल
खबर खाली गाना के ना बा, खबर अक्षरा के जज्बा के भी बा। अक्षरा खुलासा कइली कि ई गाना उनकरा खातिर कतना खास बा। ऊ लिखली कि ए गाना के हर स्टेप, हर एक्सप्रेशन अउर हर शॉट में ऊ आपन जान लगा देले बाड़ी। यहाँ तक कि शूटिंग के दौरान उनकर पैर भी टूट गइल, बाकिर ऊ हार ना मानली। आखिर जनता के कुछ ‘खास’ देवे के रहे, त एतना दर्द त सहल जा ही सकत रहे।
दलजीत कौर अउर फैंस के ‘कमेंटिया’ प्यार
जैसे ही अक्षरा ई पोस्ट डालली, सोशल मीडिया के कमेंट सेक्शन में जइसे बाढ़ ही आ गइल। लोगन के प्यार अउर उत्साह देख के लगत बा कि जनता ए कमबैक के बेसब्री से इंतजार करत रहे। टीवी एक्ट्रेस दलजीत कौर त अक्षरा के मेहनत देख के भावुक हो गइली अउर लिखली— “मेरा मेहनती बच्चा।” ओहिजे फैंस के भी ताँता लागल बा। एगो यूजर लिखलस कि “रउआ मेहनत साफ लउकत बा, गाना त एकदम कमाल बा”, त केहू ‘मजा आ गया’ अउर ‘बवाल’ लिख-लिख के पूरा इंस्टाग्राम के पन्ना भर देले बा।




