पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
भोजपुरी साहित्य

माहौल कुछ अइसन बनावल जा रहल बा

राम बहादुर राय , भरौली, बलिया,उत्तर प्रदेश
2.3K Views
6 नवम्बर 2026 · 10:02 अपराह्न IST

माहौल कुछ अइसन बनावल जा रहल बा
सांच से सांचे के छिपावल जा रहल बा।

चान होला आसमान में सब जानत बा
लेकिन जमीन पर देखावल जा रहल बा।

हर नुमाइंदा विकास के बात करेला
मगर विकास आपन करावल जा रहल बा।

AdvertisementAdvertisement

घर में अनाज,तन ढ़के के कपड़ा नइखे
ओहू के बुरबक बनावल जा रहल बा।

जे कबो कवनो लड़ाई लड़लहीं नइखे
झूठिया सेनानी बनावल जा रहल बा।

बात होखे के चाहीं मुद्दा पर कवनो
मुद्दा से ध्यान अब भटकावल जा रहल बा।

सांच के सांच कहलो अब मुनासिब नइखे
सांच के झूठ से भरमावल जा रहल बा।

साथ देबे खातिर साथ में चलत नइखन
घात करे खातिर मित्र बनावल जा रहल बा।

रस्सी जरि गइल तबो अंइठल जात नइखे
नया लिखवैयन के दबावल जा रहल बा।

गजब के खेला चल रहल बाटे इहंवा
कुकुरो-बिलार सेर बनावल जा रहल बा।

कठिन शब्द अउर अर्थ

AdvertisementAdvertisement

रिपोर्ट करें

कृपया बताएं कि इस पोस्ट में क्या समस्या है (अवैध सामग्री, भ्रामक जानकारी आदि):

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट