पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
भोजपुरी साहित्य

उहे पुरनका बोनस फेरू आइल बा / व्यंग रचना

5.8K Views
28 अक्टूबर 2026 · 12:01 अपराह्न IST
तस्वीर एआई से बनावल गइल

फिर से सपना टूट गइल बा, सब अरमान हेराइल बा।
का बतलाईं उहे पुरनका बोनस फेरू आइल बा।

सोना के महंगाई देखीं, आसमान में भाग गइल।
आठ साल से एक चवन्नी, बोनस में ना वृद्धि भइल।
ऊपर से हल्ला करवावे, भारी बोझ खजाना पर।
लानत बा सरकार ई तोरी, चिटुकी भर नजराना पर।

बात करे अठहत्तर दिन के, ना कछू नया भेंटाइल बा ।
का बतलाईं उहे पुरनका बोनस फेरू आइल बा।।

खबर छपल बा फ्रंट पृष्ठ पर, खुशहाली के आमद बा।
कामगार से पूछे केहू, ऊ अब केतना गदगद बा।
उछल उछल के अपने हाथे, आपन पीठ ठेठावल जा ता।
महँगाई की मुद्दा पर ठेठर जस गाल बजावल जा ता।

बागवान सुधि लेते नइखे, फूल काहें कुम्हिलाइल बा।
का बतलाईं उहे पुरनका बोनस फेरू आइल बा।।

दूना दाम बढ़ल चीनी के, महँगा आटा चावल बा।
सबसे बड़ समस्या इहवां, साहब के समझावल बा।
पत्थर पिघली पानी होई, साहब के मन ना पिघली।
दाम बढ़ल कपड़ा लत्ला के, महँगा बा पानी बिजली।

शीश महल के रहवइया ऊ, उनके कहाँ बुझाइल बा।
का बतलाईं उहे पुरनका बोनस फेरू आइल बा।

कठिन शब्द अउर अर्थ

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट