बुझाता की सूरज ढल रहल बा,
तबे त लोग हमके छल रहल बा।
नाम अपने लोग के आइल एह में,
माई-बाप के कमी खल रहल बा।
अंजोर करे में देह जरा लिहनी हम,
बिना बाती के दिया जल रहल बा।
बस में नइखे त बइठ के सोचीं फिर,
कइसे आपन सांस चल रहल बा।
गिर के, आदमी फिर से उठ ही जाइ,
चिंता में झूठे देहियां गल रहल बा।
हर चुनौती स्वीकार बा ए ‘भावुक’,
अन्हरिया में ही भोर पल रहल बा।
अपनी राय साझा करने और बातचीत में भाग लेने के लिए लॉगिन करें