ई कवनो परतोख ना ह, बाकिर बखत के हिसाब से ई हमरा गाँव में परतोख हो गइल बा!
बस ई परतोख सुनते ही ओ साह जी के चेहरा आँखी के सोझा नाचे लागेला। साह जी के बाबुजी बहुत जब्बर मेहनती रहले! खेती-किसानी कइला के बाद दुपहरिया में खैनी, बीड़ी, तमाकू आउर चकलेट — इहे चार सामान एगो छबनी में ले के दु-तीन गाँव के चक्कर लगावस। केहू आदमी अनाज से त केहू पइसा से खरीदी करस। बीड़ी-खैनी मरद-मानुस के पसंद रहे, जबकि तमाकू झोंटलहिया पँच सभ के ज्यादा पसंद रहे। सभका घर में नरियर, चिलम जरूर रहे। नरियर में पानी आउर चिलम में आगी के ऊपर तमाकू बोझ के बुढ़िया दादी, माई, फुआ, काकी सभे हुड़-हुड़, भुड़-भुड़ करत रहस।
साह जी के बाबुजी अपना मेहनत से बाप-दादा के जायदाद — पाँच बिगहा जमीन — अपना एकलौता बेटा खातिर बचा लिहले। कबो लाल सिआही लगवावे के जरूरत ना पड़ल। बाकिर बुढ़वा लोग ठीक कहत रहल ह — “मेहनती के घरे आलसी, आउर दानी के घरे कंजूस के जनम होला।”
साह जी के बाबुजी के आँख मुँदते साह जी के मस्ती हो गइल! धोआ धोती, खादी के कुरता, सनरेले साइकिल, रेडियो उनकर पहचान हो गइल। दिनभर सिरचन काका के कोल्हुआड़ी में बइठ के बीड़ी, खैनी, गाँजा के दौर चलत रहे, आउर बेरा ढलते कवनो बाजार पर से मांसो चाहे मछरी जरूर आवे!
साह जी के सहुआइन भी उनका से बीस रहली! कवनो दिन छोटकी मछरी ले के साह जी घरे पहुँचस त सहुआइन कहस, “आजु इहे मिलल ह!” ना साह जी के कुरता के कबो गईरिच टुटे, ना धोती के कबो नील कम होखे। साह जी साइकिल, घड़ी, रेडियो के बड़ा शौकीन रहले — हर महिना-दु महिना में मॉडल बदल जाव। साह जी जब दुलहिनिया साइकिल पर एचएमटी घड़ी, रेडियो आउर कुरता के बगल वाला बगली में धोती के एगो खुँट डाल के, सफेद खादी गमछी घेंट में गुमेट के चल देहस त उ नजारा भी गजबे लागे!
साह जी सारा खेत बटैया दे के फोटानी लगले झारे। आखिर बिना काम-धाम फोटानी कतना दिन चली! सिरचन काका जइसन महाजन, आउर साह जी जइसन पइसा के लेनहार! जब पइसा कम परल, दु-चार कठ्ठा सिरचन काका आपने नामे घोंसवा लेस। धीरे-धीरे साह जी के शौक आउर सहुआइन के चटोर जीभ के संगम से पाँचो बिगहा जमीन के धुरकुच उड़ गइल! साह जी त घराड़ी भी बेच दिहलें, बाकिर ओकरा पहिले सिरचन काका आपन हाथ खिंच लिहले। अब जोत-जमीन बचल ना, त सिरचन काका चाहे केहू उनके का देख के पुँजी फँसाई!
अब समय करवट बदलल, आउर साह जी के सब फोटानी के झारल गाछी पर चढ़ गइल! दाना-दाना के खातिर तड़पे के नौबत आ गइल। सहुआइन दोसरे गाँव में जाके भीख माँग के लियावस, तब जा के दु बेरा चुल्हा जरे। साह जी के बेटा-बेटी ममहर में मामा-मामी के भरोसे रह गइलें। साह जी दोसर बगल वाला एगो गाँव में नया बन रहल मंदिर पर हनुमान जी के पुजारी बन गइले। साँझ-सवेरे हनुमान जी के अगरबत्ती-दिया जरावला के बाद केहू कुछु दे दिहल त पेट-पूजा भइल, ना त गाँजा पी-पी के दिन कट गइल।
कहल जाला कि “गाँजा पिये राजा…” बाकिर साह जी खाली पेट में गाँजा पी-पी के करेजा जरा के रहेठा हो गइलन! साह जी के सगरी फोटानी झारल आसमान से सीधा रसातल में ले गइल। आपन गलती के भोग साह जी के भरपूर मिलल!
साह जी गाँजा के सोट मारत-मारत टीबी के रोग नेवत लिहले। एक दिन जेठ के दुपहरिया में खून के उल्टी करे लगलन। अब उनकर समय निअरा गइल रहे। उनकर हालत देख के पड़ोस के गाँव के लोग — जहाँ उ हनुमान जी के मंदिर पर पुजारी बन के जिनगी गुजारत रहले — खटिया पर लाद के हमरे गाँवे छोड़ के ना, साँच कहीं त फेंक गइलन! जब ले गाँव के लोग के कुछ समझ में आवे, साह जी के परान छुट गइल। गाँव के लोग सभे चंदा जोड़ के उनकर दाह संस्कार कइलस। साह जी के अपना जनमावल बेटा-बेटी से ना आग मिलल, ना पानी। ना उनका मर गइला से उनकर सहुआइन मुसमात भइली, ना उनकर बेटा-बेटी टुअर; काहे कि साह जी के जिअते सहुआइन मुसमात आउर लरिका टुअर हो गइल रहले!
साह जी त आँख मूँद दिहले, बाकिर सारा गाँव के लोगन के आँख खोल के गइले कि बाप-दादा के बनावल जायदाद लुटावे के ना, जोगावे के चीज ह। जेके लुटावे के होखे, उ आपन कमाई लुटावे — ना त बस सुने के तैयार रहो, “जा, तोहर सहुए के हाल होई!”
अपनी राय साझा करने और बातचीत में भाग लेने के लिए लॉगिन करें