भोजपुरी सिनेमा में पारिवारिक रिश्ता आ भावना पर आधारित एगो नया फिलिम ‘मां से बढ़कर सासू मां’ दर्शकन के बीच आवे खातिर तइयार बा. फिलिम के फर्स्ट लुक पोस्टर जारी कर दिहल गइल बा, जेकरा सामने अइला के बाद भोजपुरी दर्शकन में एकरा के लेके उत्सुकता बढ़ गइल बा. एह फिलिम के वर्ल्ड डिजिटल प्रीमियर 20 नवंबर 2026 के एडवाइज भोजपुरी के आधिकारिक यूट्यूब चैनल पर होखे वाला बा.
एडवाइज मूवीज के प्रस्तुति एह फिलिम के टाइटल अपना आप में काफी दिलचस्प बा. आमतौर पर सास-बहू के रिश्ता पर कई तरह के कहानी देखे-सुने के मिलेला, बाकिर ‘मां से बढ़कर सासू मां’ के नाम एह रिश्ता के एगो अलग आ भावनात्मक पहलू देखावे के संकेत दे रहल बा. फिलिम के फर्स्ट लुक पोस्टर में भी पारिवारिक अपनापन आ भावना के झलक देखे के मिल रहल बा.
कइसन बा ‘मां से बढ़कर सासू मां’ के फर्स्ट लुक?
फिलिम के जारी पोस्टर में अभिनेत्री संचिता बनर्जी लाल रंग के कपड़ा में काफी खूबसूरत आ प्रभावशाली अंदाज में नजर आ रहल बाड़ी. ओहिजा शारदा नवल, आकाश यादव समेत अउरी कलाकारन के झलको पोस्टर में देखे के मिल रहल बा. फिलिम के अनोखा टाइटल आ पोस्टर के लुक दर्शकन के ध्यान खींच रहल बा.
फिलिम में ई कलाकार अइहें नजर
‘मां से बढ़कर सासू मां’ में संचिता बनर्जी, शारदा नवल, आकाश यादव, गोपाल चौहान, सुबोध सेठ, बब्लू खान, ललित उपाध्याय, सुजीत सार्थक, कंचन मिश्रा, सुषमा प्रेणा आ सनी शर्मा प्रमुख भूमिका में बाड़ें.
फिलिम के निर्मात्री पूनम यादव बाड़ी, जबकि निर्देशन के जिम्मेदारी संजय श्रीवास्तव संभरले बाड़ें. एडवाइज मूवीज के प्रस्तुति एह फिलिम के डिजिटल दर्शकन के ध्यान में रखत सीधे यूट्यूब पर रिलीज करे के फैसला लिहल गइल बा.
20 नवंबर 2026 के होखे वाला वर्ल्ड डिजिटल प्रीमियर के लेके फिलिम के टीम के उम्मीद बा कि पारिवारिक सिनेमा पसंद करे वाला दर्शकन के ई फिलिम पसंद आई. अब देखे वाला बात होई कि ‘मां से बढ़कर सासू मां’ अपना कहानी आ किरदारन के दम पर दर्शकन के दिल में केतना जगह बना पावेला.