भोजपुरी सिनेमा के पावर स्टार पवन सिंह के चर्चा अक्सर कवनो ना कवनो वजह से होत रहेला. कबो अपना गाना आ फिलिम के चलते, त कबो बयान आ खास मुलाकात के चलते ऊ सुर्खियन में आ जालें. एह बेर पवन सिंह अपना एगो खास मुलाकात के चलते चर्चा में बाड़ें. दरअसल, पवन सिंह हालही में बागेश्वर धाम के पीठाधीश्वर पंडित धीरेंद्र कृष्ण शास्त्री से मिले पहुंचलें. एह दौरान ऊ बाबा के चरण में बइठ के आशीर्वाद लिहलें.
पवन सिंह एह मुलाकात के कुछ तस्वीर अपना सोशल मीडिया अकाउंट पर साझा कइले बाड़ें. तस्वीर में ऊ पंडित धीरेंद्र कृष्ण शास्त्री के लगे बइठल आ उनकर आशीर्वाद लेत नजर आवत बाड़ें. एगो तस्वीर में पवन सिंह हाथ जोड़ले बाबा से बतियावत लउकत बाड़ें. एह दौरान उनका गला में गुलाबी रंग के शॉल आ माथा पर तिलक देखे के मिल रहल बा. ओहिजा धीरेंद्र कृष्ण शास्त्री सफेद कपड़ा में नजर आ रहल बाड़ें. उनका हाथ में एगो किताबो देखाई दे रहल बा.
एह मुलाकात के एगो अउरी तस्वीर सोशल मीडिया पर खूब चर्चा में बा. एहमें पवन सिंह के साथ उत्तर प्रदेश के चर्चित नेता राजा भइया भी खड़ा नजर आ रहल बाड़ें. एके जगह भोजपुरी सिनेमा आ राजनीति से जुड़ल चर्चित चेहरा के मौजूदगी फैन्स के ध्यान खींच रहल बा.
तस्वीर साझा करत पवन सिंह कैप्शन में लिखले बाड़ें, ”प्रेम से बोलिए बाबा बागेश्वर धाम सरकार की जय.” एकरा बाद सोशल मीडिया पर कमेंट के बाढ़ आ गइल. केहू पवन सिंह के भक्ति के तारीफ करत बा, त केहू बाबा आ राजा भइया के साथ एह मुलाकात के खास बता रहल बा. फिलहाल, पवन सिंह के ई तस्वीर सोशल मीडिया पर खूब वायरल हो रहल बा.
कुछ दिन पहिले अक्षरा सिंह भी पहुंचल रहली बाबा के दरबार
एह पूरा मामला में एगो अउरी दिलचस्प बात बा. कुछ समय पहिले भोजपुरी अभिनेत्री अक्षरा सिंह भी पंडित धीरेंद्र कृष्ण शास्त्री से मिले पहुंचल रहली. ऊहो बाबा के हाथ जोड़ के आशीर्वाद लेले रहली. ओह समय उनकर तस्वीर सोशल मीडिया पर खूब चर्चा में रहल.
अब पवन सिंह के बागेश्वर बाबा से मुलाकात के तस्वीर सामने अइला के बाद फैन्स दुनो कलाकार के मुलाकात के जोड़ के देख रहल बाड़ें. बहरहाल, पवन सिंह के ई खास मुलाकात एक बेर फेर सोशल मीडिया पर चर्चा के विषय बन गइल बा.