भोजपुरी सिनेमा के खूबसूरत अभिनेत्री मोनालिसा अपना 44वां जन्मदिन खास अंदाज में मनवलीं. एह खास मौका पर ऊ अपना पति विक्रांत सिंह राजपूत के संगे कुछ तस्वीर सोशल मीडिया पर शेयर कइले बाड़ी. इन तस्वीरन में दुनो के एगो बाघ के साथ देखल जा रहल बा.







मोनालिसा के एह तस्वीरन में उनका आ विक्रांत के खास अंदाज देखे के मिल रहल बा. बाघ के साथ कपल के फोटो सामने अइला के बाद ई तस्वीर चर्चा में आ गइल बा. अभिनेत्री के जन्मदिन के एह खास पल के फैन्स खूब पसंद कर रहल बाड़ें.