पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
भोजपुरी गीत

आईल बा छठ घरे मेला चलल

आईल बा छठ घरे मेला चल ल
प्लेन,गाड़ी,रेल से रेलम रेला चालल ,
आईल बा छठ घरे मेला चलल।

विशू यादव बक्सर, बिहार
14 नवम्बर, 2026 • 2.3K

आईल बा छठ घरे मेला चल ल
प्लेन,गाड़ी,रेल से रेलम रेला चालल ,
आईल बा छठ घरे मेला चलल।

रजुआ भी जाता,संवरुआ भी जाता,
ओहनी के देख के मंगरूआ भी जाता,
बेग,झोरा नाया लियाईल है राते,
कापडा पहिरल धाराईल ह राते,
नाही नाही करत देखऽ गलुआ अकेला चलल,
आईल बा छठ घरे मेला चलल,

भईया के रोजे उघुटे ली भउजी,
टिकट लेबे ला फुटे ली भउजी,
भईया बेचारु जोडत हवें खारचा
मनमे हीं आपना लिखत हवें परचा
आग-पाछ मन धई कुल गाहना-गदेला चलल,
आईल बा छठ घरे मेला चलल।

टेसन पऽ गाडी ला सांप अस लाईन,
छठ में जाऐ के भीड़ बाडका काचाईन,
ऐने धाका-मुकी ओने ठेलम-ठेली
केने केहू चढो काहां जगह मिली,
दाबाईल हऽ केहू चापायल हऽ केहू,
गामछा लागा के टांगईल हऽ केहू,
सिटो के निचे लुकाईल हऽ केहू,
सांस फुले कबो जिऊवा डरेला
आदमी तऽ आदमी देखऽ
संगे सामान के बाडका झमेला चलल,
आईल बा छठ घरे मेला चलल।

जेने-तेने बईठी के छिडल है चरचा,
सुख-दुख अउरी कामाई के वार्ता,
काहां के तू हउ,काहां तूहूं जईबु,
पहिले से भुखेलू कि अबकी उठईबु,
भाखल हटे भारा उतारे के बाटे,
ऐही बाहाना नईहर में कुछ दिन गुजारे के बाटे,
गाडी के संगे ई देखऽ रेला चलल,
आईल बा छठ घरे मेला चलल।

कठिन शब्द अउर अर्थ

पसंद करने वाले लोग

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट