पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
कविता

बाल दिवस के हार्दिक शुभकामना बा

मन से बबुआ खूब पढ़ीऽ
माई बाबूजी के नाम रोशन करीऽ
समझी जवन हमार भावना बा,
बाल दिवस के हार्दिक शुभकामना बा।

संजीत धनंजय पूर्वी चम्पारण
14 नवम्बर, 2026 • 3K

मन से बबुआ खूब पढ़ीऽ
माई बाबूजी के नाम रोशन करीऽ
समझी जवन हमार भावना बा,
बाल दिवस के हार्दिक शुभकामना बा।

बच्चा ही देश के शान बावे,
ई जानत दुनियां जहान बावे,
बबुआ रउनी परिश्रम कके देश के,
शिखर प ले जाईं इहे अरमान बावे।

शिक्षा में बिहार पिछड़ा बा एके आगे बढ़ावे के बा,
सबके के प्रयास से नंबर एक प लावे के बा,
खूब पढ़ी, तरक्की करी इहे कामना बा,
बाल दिवस पर हार्दिक शुभकामना बा।

कुछ लईका, पढ़ाई छोड़ रंगदार भईल,
उहो अब समझदार भईल,
जब बहरा मजदूरी कईलस तब,
पढ़ाई के मोल असरदार भईल।

समय रहते बबुआ सचेत हो जाईं,
पढ़ाई लिखाई में समवेत हो जाईं,
धनंजय,हर संकट के कलम से करेके सामना बा,
बाल दिवस के हार्दिक शुभकामना बा।

कठिन शब्द अउर अर्थ

पसंद करने वाले लोग

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट