एगो दिया जरउले, डरी ना अन्हरिया |
बस अंगुरी देखउले, डरी ना अन्हरिया ||
केतना दिन से घूमत चांद-सूरज इहां
हमरे तोहरे भगउले, डरी ना अन्हरिया |
एकता भाईचारा ना जबले रही
खाली हल्ला मचउले , डरी ना अन्हरिया |
मन में होखे अंजोरिया त कुछ बात हो
आग सगरो लगउले, डरी ना अन्हरिया |
आभार पुरवइया
धन्यवाद आ आभार कौशल जी॥