पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
कविता

गजबे खेल खेलावे बोनस

गजबे खेल खेलावे बोनस,
रोवत के भी हसावे बोनस।

14 नवम्बर, 2026 • 20.9K

गजबे खेल खेलावे बोनस,
रोवत के भी हसावे बोनस।

जल्दी आइल जल्दी गइल,
अब केतना बहकावे बोनस।

का लियाईल का ओराइल,
अतने में अझुरावे बोनस।

फिर से आई रात अँजोरिया,
दिल के ई भरमावे बोनस।

मिठाई, कपड़ा,जूता, मोजा,
लइकन के सहलावे बोनस।

रुठल बाड़ी गहना बिना,
बेलनों से बतियावे बोनस।

कदर कहां बा ‘भावुक’ के,
सभकर मन हरशावे बोनस।

कठिन शब्द अउर अर्थ

पसंद करने वाले लोग

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट