पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
भोजपुरी गीत
7

केहु याद आइल, केहु मन पड़ल

हँसत-हँसत जब आँखि भरल,
जब साँझ भइल, जब दिन ढरल।
केहु याद आइल, केहु मन पड़ल।

नूरैन अंसारी , नई दिल्ली
12.4K Views | 01 Comments
27 अक्टूबर 2026 · 07:41 अपराह्न IST

हँसत-हँसत जब आँखि भरल,
जब साँझ भइल, जब दिन ढरल।
केहु याद आइल, केहु मन पड़ल।

जब पुरवा बयार बहल,
बदरी चारु ओर ढहल।
दिने में जब अन्हार भइल,
मौसम खुशगवार भइल।

जब मन के घवद पर आस फरल,
केहु याद आइल, केहु मन पड़ल।

बेर-बेर जब हिचकी आइल,
बेमतलब जब मन मुरझाइल।
केहु पास में रहि के दूर भइल,
जब दिल बेबस मजबूर भइल।

सझवत बेरा जब दियरी जरल,
केहु याद आइल, केहु मन पड़ल।

कठिन शब्द अउर अर्थ

पाठकों की प्रतिक्रियाएं (01)

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट