भोजपुरी खाली बोली ना ह,
ई त दिल के अरमान ह,
माटी के महक, गाँव के मिठास,
भोजपुरी हमनीके पहचान ह।
माटी में महके भोजपुरी,
मन में बसे भोजपुरी।
दुनिया चाहे लाख दबावल चाहे,
दिल से कबो ना हटे भोजपुरी।
माई के मीठ पुकार भोजपुरी,
बाबू के संस्कार भोजपुरी,
हमरा खातिर संजीवनी बा,
आपन गाँव दुआर भोजपुरी।
ई बोली में अकड़ो बा,
ई बोली में प्यार बा।
जहाँ जरूरत होखे सम्मान के,
ओहिजे भोजपुरी के हुंकार बा।

किरण जी बहुत ही शानदार लिखेनि। बहुत बहुत शुभकामना रही।
अहा! हरमेशा से भोजपुरी के आगे बढ़ावे के काम कर रहल बानी। साधुवाद बा