पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
भोजपुरी कहानी

नेह के एगो अँकवारी

हर जघे गेहूँ लहलहा तिया आ अइसन माहौल मे अगर गलती से केहू के जाजाद जियान हो जाव त गाँव मे हिन्दू-मियाँ के झगड़ा हई दू घर महमदन से कइसे रुकी?

15 नवम्बर, 2026 • 12.9K

चारू ओरि से हिन्दू लोगन के घर से घेराइल बहारन मियाँ के घर-परिवार ओह दिन बड़ी चिंता मे रहे। दू दिन बाद फुलजहँवा के बारात आवे आला बा आ गाँव मे सांप्रदायिक गहमा-गहमी के माहौल। बहारन मियाँ के चिंता कि बारात टिकी कहँवा? बाराती लोगन के खाइन-पियन के कराई? ओह, बड़ी कोशिश कइनी कि बियाह के दिन बइसाख तकले टल जाव बाकिर बेटहा ना मनले नतीजा, बियाह के दिन चइत-चढ़ते रोपा गइल। हर जघे गेहूँ लहलहा तिया आ अइसन माहौल मे अगर गलती से केहू के जाजाद जियान हो जाव त गाँव मे हिन्दू-मियाँ के झगड़ा हई दू घर महमदन से कइसे रुकी?

सोबराती जब गाँव के कोंचा पर स्थित मस्जिद से फजर के नमाज पढ़ के निकलले त हाथ मे नेवता लेके सीधे धीरेन्द्र सिंह के दुवारी पर खड़ा हो गइलें। आर्मी से रिटायर्ड धीरेन्द्र सिंह के घर बाहरन मियाँ के घर के एकदम सोझा रहे। बाकिर रास्ता के लेके केस फउदारी का भइल, गाँव से गंगा-जमुनी तहजीब सांप्रदायिक हवा मे उधिया गइल।आज सालों से बोल चाल बंद बा।

नेवता हाथ मे रख के जवन बुझाइल सोबराती कह के चल गइलें। धीरेन्द्र सिंह के अइसे मौन रहल ई बात के इसारा करत रहे कि बियाह सुबहित निपटे वाला नइखे।

“या नबी सलाम अ लयेका, सलेवा दुला अ लयेका” के साथे मिलाद के शुभारम्भ भइल। बाकिर ई का, दुवार पर बिझावल दरी आज एकदम खाली बाटे, कबो समय रहे कि इहे मिलाद सुने खातिर मय गाँव टूट पड़े। चारों वेद के ज्ञानी मौलाना हसन नूरानी के तकरीर से सुबहान अल्लाह आ वाह-वाह से मय गाँव गूंज उठे। आज फातेया के सिरनी लेबे ला केहू ना आइल। उ रात जइसे-तइसे सभकर आँख लागल।

ऐ ‘बहारन मियाँ’ कहाँ बाड़ऽ हो? निकऽल जल्दी, आवाज़ एतना कड़क कि रातजग्गा के भंगुवाइल सभे एक-बाएक जाग गइल। मोहल्ला टूट पड़ल। बहारन मियाँ के बेटी के बियाह के दिने ‘धीरेन्द्र सिंह’ के भोरे-भोरे दुवारी पर आके अइसे गरजल, कवनो बड़हन घटना के संकेत रहे।

बहारन धीरे-धीरे ‘धीरेन्द’ के सोझा गइलें, आज लड़ीकाई के एगो लंगोटिया के सोझा गला सुखल रहे, आखिर बोलस त का बोलस? सुन ल बहारन, बेटी ताहार हियऽ बाकिर दामाद के निकाह हमरा दुवरा होई, अउरी एगो बात रोड के किनारे भंगड़वा पर दस कट्ठा गेहूँ जोतवा देले बानी, बारात टिके मे कवनो कमी भइल त बुझ लिहऽ।

अतना सुनते बहारन, धीरेन्द्र के अँकवारी मे धई के सिसके लगलन। मय मोहल्ला के आँख नम हो गइल। अब बस कर इयार। काल्ह बेटी के बिदाई पर भी त रोवे के बा। अतना सुनते ही बहारन ठहठहा के हँसे लगलन।

कठिन शब्द अउर अर्थ

पसंद करने वाले लोग

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट