पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
भोजपुरी गीत

छठवा में आके अरघा दिला जइते

सपना देखत रहनी कि तू आ जइते, होली बीतल, दीपावली बीतल,छठवा में आके अरघा दिला जइते। सारा ओरिया-अजोरिया बा,एगो हमार घरवा छोड़ के,काश कि हमरो सावरिया,अबकी छठ घाटे आ जइते। घरवा लिपवइनी, सारा सा-सजा करवइनी,तोहरा…
21 नवम्बर, 2026 • 2.5K
Ai Generated Image

सपना देखत रहनी कि तू आ जइते,

होली बीतल, दीपावली बीतल,
छठवा में आके अरघा दिला जइते।

सारा ओरिया-अजोरिया बा,
एगो हमार घरवा छोड़ के,
काश कि हमरो सावरिया,
अबकी छठ घाटे आ जइते।

घरवा लिपवइनी, सारा सा-सजा करवइनी,
तोहरा बिना सूना बा अंगनवा,
एक झलक देखाई जइते।

हर मन्नत अधूरा बा,
हर जन्नत अधूरा बा,
तोहरा बिना घर के हर परब अधूरा बा।

अब त नयना भी पथरा गइल,
तोहार रहिया देखत-देखत,
लागत बा कि परदेसी सावरिया,
अबकी बरिस ना अइहे,
ना अइहे…

पसंद करने वाले लोग

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट