पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
भोजपुरी कहानी

कुरसी के गुरुर

एक बेर के बात ह कि एगो कुरसी उल्टा जमीन पर पड़ल रहे। त जमीन कहलस कुरसी से—“रउवा काहे उल्टा मुँह हमरा ऊपर पड़लबानी?”

15 नवम्बर, 2026 • 1.4K

एक बेर के बात ह कि एगो कुरसी उल्टा जमीन पर पड़ल रहे। त जमीन कहलस कुरसी से—“रउवा काहे उल्टा मुँह हमरा ऊपर पड़लबानी?”

त कुरसी जवाब देहलस जमीन से—“जानतानी, हमरा गुरुर हो गइल रहल ह कि अब हम ही सब कुछ बनी। आराम से कहीं एक जगह पड़ल रही आ चारो दिशा में आपन डंका बजावत रही। फेर का भइल? लेकिन हम भुला गइल रहनी ह कि एह ब्रह्मांड में अगर केहू के सिक्का चलता, त ऊ समय के सिक्का ह। यानी काल से बड़ा एह दुनिया में केहू नइखे।”

बात आगे बढ़ल, जमीन से निकल के तोहरा एतना गुमान हो गइल हा हो!

बए महाराज, हम रउरा से बनल बानी। रउरा गर्भ में हमार जन्म-कर्म भइल, पलाईल-पोसाईल बड़ा भइनी। जब बड़ा भइनी त एह दुनिया के देखनी, त ई समझ में आइल कि हम त एह पर राज कर सकतानी। माने एगो हमरा अंदर विचार आइल।

फेर का भइल, हम यही दुविधा में पड़ल रहनी कि कहिया हमार भाग खुली कि हमहूँ एह जमीन पर राज करीं। बात कुछ समझ में आवे ना।

बस एगो दिमाग में खुराफात आइल। एह तरीका से बात ना बनी त का भइल, का कईनि, जानतानी?

तब एगो दिमाग लगइनी—कहे के मतलब बा, बात एतरि ना बनी। फिर का भइल, जेतना जंगल के पेड़ रहलें, सब ओकनी में झगड़ा लगा देहनी। अइसन झगड़ा लागल कि जंगल में आग लग गइल।

मन ही मन हम सोचत रहनी कि लागत बा हमार युक्ति काम आ जाई। केहू तरह आग बुझल, लकड़हारा अइलें, सब पेड़ के काट-काट के ले गइलें आ चिराई मशीन पर तरह-तरह के सामान बनल। लोग अपना-अपना घर में लागवल।

जब हमार बारी आइल त हम खुश हो गइनी कि हमार मंसूबा अब रंग लाई।

हमरा के एगो बढ़ई खरीद लेहलस। बाद में हमरा के चीर-फाड़ के कुरसी बना देहलस।

अब हम खुशी से गदगद हो गइनी कि अब हमार बात हो गइल, अब हमार बात चली। जे भी आवे, हमरा पर बइठे। बड़ा अच्छा महसूस करे।

धीरे-धीरे हमार डंका बाजल। अच्छा, हम भुला गइल रहनी कि हमहूँ लकड़ी से बनल बानी, हमहूँ जमीन से निकलल बानी। अइजी सब ठीक-ठाक चलत रहे।

अब त हम अपना प्रांत के राजा-रानी! हम जवन चाहीं, तवन कर सकत रहनी।

फेरु अंदर हमरा लालच समा गइल कि काहे ना हमेशा खातिर आपन जगह बना लिहल जाव।

बस लगनी आपन वाला करे। केहू के भी शांति से ना रहे दीं। हमार त फितरत रहे झगड़ा लगावल, एक-दूसरा के फोड़ के रखल।

हम जानत रहनी कि अगर जंगल के सारा पेड़ एक हो जइहन सान, त हमार पत्ता साफ बा। त का करीं? छोट-बड़ तीन-पाँच करके बहुत दिन ले राज कइनी।

बाकिर समय बलवान होला, ओकरा आगे केहू के ना चलेला।

एक दिन के बात ह, आइल आँधी-पानी जोर से सब अस्त-व्यस्त कर देहलस। चारो ओर त्राहिमाम होखे लागल। हमरा के उड़ा-उड़ा के ले जाके एगो खाली मैदान में उल्टा करके रख देहलस।

तब से आज ले अइसे ही उल्टा पड़ल बानी, काहे कि?

केहू पूछइया नइखे। अब त धीरे-धीरे सड़त-गलत जात बानी। हमार चारू टांग-हाथ धीरे-धीरे गलता।

त पलट के जमीन जवाब देहलस, अइसन कहल जाला—

“सबका के एक समान, एक बराबर समझल जाला।
जे तरह तू जियतारा, ओहितरही सबका के जिए दिहल जाला।”

कठिन शब्द अउर अर्थ

पसंद करने वाले लोग

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट