पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
कविता

काँच बांस बहँगीया गितिया, बिना छठ अधूरा बा

होत भोर दिवाली बितते, दिया जोह के राखल जा।
केकरा पास दिया बा अधिका बोल बोल के नाचल जा।

15 नवम्बर, 2026 • 21.7K

होत भोर दिवाली बितते, दिया जोह के राखल जा।
केकरा पास दिया बा अधिका, बोल-बोल के नाचल जा।

घिस-घिस के तरजुई बने, बने नचौना हाथ के,
फोड़ पटाका गोधन बाबा के ऊपर छोड़ के भागल जा।

भुजा, बताशा अउर पटउरा खाली हमनी नाम के,
मूँछ उग तोर आई बहिनी, खूब चिढ़ा के राखल जा।

ताल-तलैया-पोखरा लगे, मिल-जुल सभे जुटत रहे,
लेके फरुआ, कुदार, दराती, घास-वास सब काटल जा।

लिप-पोत माटी से सगरो, मटिए के बेदी बने,
बेदी उपरा नाम आपन-आपन ही त राखल जा।

काँच बाँस बहँगीया गितिया, बिना छठ अधूरा बा,
लेके ऊँख, दउरा माथ पर जल्दी-जल्दी भागल जा।

बचपन के ई याद ए ‘भावुक’, कबो हिया से जाइ ना,
एह त्यौहार में हमनी त रात-रात भर जागल जा।

कठिन शब्द अउर अर्थ

पसंद करने वाले लोग

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट