छुट्टी नाहीं मिलल छठी मइया, बाटे सेवखा लाचार।
कइसे के आईं रउरी घटिया, रउरा करीं ना विचार।
भइल नाहीं छठी के बजरिया, रोवें दुलहिन हमार।
नाहीं आइल सूप नारियलवा, नइखे ठेकुआ कसार।
पूछेला गंँउआ नगरिया, कइसन नोकरी तोहार।
मिले नाहीं कवनों परबवा, नाहीं छुट्टी अतवार।
हमरो जे बॉस निरदइया, हमके दिहलें बिसार।
रोवे ला घर परिवरवा, झर-झर झरे नैनाधार।
रउरे कृपा छठी मइया, बाटे जीवन के आधार।
देईं ना आशीष छठी मइया, सुखी रहो परिवार।