खाए में, देखे में, नीक हउवे ठेकुआ,
महापर्व छठ के प्रतीक हउवे ठेकुआ।
सगरी व्यंजन से स्वाद एकर हटके,
मिठाई ना ई, प्रसाद ह माई छठ के।
एक बेर खाइब त माँगीब पलटके,
सबका सेहत खातिर ठीक हउवे ठेकुआ।
महापर्व छठ के प्रतीक हउवे ठेकुआ।
आस्था के खुशबू में आटा सनाइल बा,
माई के हाथ से ठेकुआ छनाइल बा।
सजा के दउरा में ढंग से धराइल बा,
ना बहुत मीठ ना फीक हउवे ठेकुआ,
महापर्व छठ के प्रतीक हउवे ठेकुआ।
नूरैन अंसारी भाई के रचना के जवाब नइखे!
जय हो छठी मइया।