पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
बड़ी ख़बर

नववर्ष पर ‘पुरवइया डिजिटल’ लेके आ रहल बा साहित्य के खास सौगात

भोजपुरी साहित्य के बढ़ावा देवे के दिशा में ‘पुरवइया डिजिटल’ के पहल, नया साल 2027 के अवसर पर प्रकाशित होई विशेष साहित्यिक पत्रिका

32.9K Views
13 नवम्बर 2026 · 10:23 अपराह्न IST

भोजपुरी साहित्य से जुड़ल रचनाकारन खातिर एगो खबर बा। नववर्ष 2027 के स्वागत के अवसर पर ‘पुरवइया डिजिटल’ एगो विशेष साहित्यिक पत्रिका प्रकाशित करे जा रहल बा। एह विशेषांक खातिर मंच के ओर से कवि, लेखक आ साहित्यप्रेमियन से रचना आमंत्रित कइल गइल बा।

पुरवइया डिजिटल के ओर से जारी जानकारी के मुताबिक, एह विशेषांक में शामिल करे खातिर रचनाकार आपन मौलिक साहित्यिक रचना भेज सकत बाड़ें। एहमें कविता, गीत, ग़ज़ल, कहानी, लेख समेत अन्य साहित्यिक विधा के रचना भेजल जा सकेला।

रचना भेजे के अंतिम तारीख 10 दिसंबर 2026 निर्धारित कइल गइल बा। खास बात ई बा कि रचना खाली ईमेल के माध्यम से ही स्वीकार कइल जाई। रचनाकारन के आपन रचना एह ईमेल पता पर भेजे के होई।

ईमेल: latters@purvaiya.com

मंच के ओर से स्पष्ट कइल गइल बा कि निर्धारित ईमेल पता के अलावा अन्य माध्यम से भेजल गइल रचना स्वीकार ना कइल जाई।

साल 2027 के शुरुआत भोजपुरी साहित्य के नया रचनात्मक सौगात के साथ करे के मकसद से प्रकाशित होखे वाला एह विशेषांक में रचनाकारन के भागीदारी महत्वपूर्ण होई।

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट