प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जलवा दुनिया भर में एकदम कायम बा। दुनिया भर से उनुका के अवार्ड मिले के सिलसिला रुक नइखे रहल। अबकी बार उनुका एक ठो अउरी बड़का सम्मान मिलल बा। ई सम्मान दिहले बा इंडोनेशिया। त चलीं तनी विस्तार से बता दिहाल जाव कि पूरा मामला का बा आ मोदी जी के अब ले कवन-कवन अवार्ड मिल चुकल बा।
इंडोनेशिया के ‘बिंतांग आदिपूर्णा’
बात ई बा कि इंडोनेशिया पीएम मोदी के आपन सबसे बड़ नागरिक सम्मान ‘बिंतांग आदिपूर्णा ऑफ द रिपब्लिक ऑफ इंडोनेशिया’ से नवजले बा। एकरा के उहाँ ‘मेडल ऑफ ऑनर’ भी कहल जाला। ई सम्मान ओही के मिलेला जे इंडोनेशिया गणराज्य के एकता आ विकास खातिर गजब के काम कइले होखे। अब एकरा के मिला के, 2016 से लेके अब ले मोदी जी के एशिया, यूरोप, अफ्रीका आ अमेरिका के देशन से कुल 35 गो अंतरराष्ट्रीय अवार्ड मिल चुकल बा। कवनो भारतीय प्रधानमंत्री के मिलल ई सबसे ढेर सम्मान ह।
जरूर पढ़ें
चंपत राय अउर अनिल मिश्रा के इस्तीफ़ा मंजूर, कृष्ण मोहन बनलन अंतरिम महामंत्री
राम मंदिर ट्रस्ट के नया महामंत्री कृष्ण मोहन के हवें?
बड़हन डील: भारत के मिलल यूरेनियम, खुल गइल ऊर्जा के नया रस्ता
अभी हाल ही के बात बा, सेशेल्स भी मोदी जी के आपन एगो बहुत बड़ सम्मान ‘गार्डियन ऑफ द ब्लू होराइजन’ दिहले रहे। ई सम्मान उनुका पर्यावरण बचावे आ सतत विकास के जे मुहिम बा, ओकरा में उनुकर लीडरशिप खातिर दिहल गइल रहे। मोदी जी भी बड़हन दिल देखावत ई अवार्ड ओ सगरी देशन के समर्पित क दिहले, जे दिन-रात जलवायु परिवर्तन से लड़े आ पर्यावरण बचावे में लागल बा।
भूटान, नाइजीरिया से लेके अमेरिका ले… मोदी-मोदी
इहवें बात नइखे खतम होत। मोदी जी के जे अउरी प्रमुख अंतरराष्ट्रीय अवार्ड मिलल बा, ओकरो लिस्ट तनी सुन लीं:
- भूटान: भूटान मोदी जी के आपन सबसे बड़ नागरिक सम्मान ‘ऑर्डर ऑफ द ड्रुक ग्यालपो’ दिहले बा। मोदी जी पहिला अइसन विदेशी नेता बाड़े जेकरा ई सम्मान मिलल बा।
- नाइजीरिया: इहाँ से मिलल बा ‘ग्रैंड कमांडर ऑफ द ऑर्डर ऑफ द नाइजर’। जान के तज्जुब होई कि महारानी एलिजाबेथ द्वितीय के बाद मोदी जी मात्र दूसरका विदेशी नेता बाड़े जेकरा ई मिलल बा।
- इजरायल: ‘मेडल ऑफ द नेसेट’ पावे वाला मोदी जी पहिला व्यक्ति बाड़े।
- मिस्र (Egypt): इहाँ के राष्ट्रपति अब्देल फतह अल-सीसी उनुका के आपन देश के सर्वोच्च राजकीय सम्मान ‘ऑर्डर ऑफ द नाइल’ से नवाजले रहले।
- अमेरिका: भारत आ अमेरिका के दोस्ती मजबूत करे खातिर तत्कालीन अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप मोदी जी के ‘लीजन ऑफ मेरिट’ सम्मान दिहले रहले।
- रूस: रूसो पीछे नइखे, भारत-रूस के रणनीतिक दोस्ती खातिर रूस आपन सबसे बड़ सम्मान ‘ऑर्डर ऑफ सेंट एंड्रयू द एपोस्टल’ मोदी जी के दे चुकल बा।
बड़हन दिग्गजन के क्लब में भइले शामिल बता दीं कि ई जवन बड़-बड़ सम्मान मोदी जी के मिलल बा, ई पहिले दुनिया के बहुत चुनिंदा आ बड़ नेता लोग के मिलल बा। जइसे कि अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति बराक ओबामा, नेल्सन मंडेला, महारानी एलिजाबेथ द्वितीय, चीन के शी जिनपिंग आ विंस्टन चर्चिल। कुल मिला के कहल जाव त विदेशी धरती पर मोदी जी के नाम के डंका खूब जोर से बाजत बा!