मेनू
लॉगिन करें

भँवर में डूबियो के आदमी उबर जाला

भँवर में डूबियो के आदमी उबर जालामरे के बा तऽ ऊ दरिया किनारे मर जाला पता ई बा कि महल ना टिके कबो अइसनतबो त…
मनोज भावुक 10 अप्रैल 2026 (पब्लिश्ड: 04:09 IST)

भँवर में डूबियो के आदमी उबर जाला
मरे के बा तऽ ऊ दरिया किनारे मर जाला

पता ई बा कि महल ना टिके कबो अइसन
तबो त रेत प बुनियाद लोग धर जाला

जमीर चीख के सौ बार रोके-टोकेला
तबो त मन ई बेहया गुनाह कर जाला

बहुत बा लोग जे मरलो के बाद जीयत बा
बहुत बा लोग जे जियते में, यार, मर जाला

अगर जो दिल में लगन, चाह आ भरोसा बा
कसम से चाँद भी अँगना में तब उतर जाला

होम न्यूज़ वीडियो शब्दकोश अकाउंट